Monday, February 1, 2010

जबसे बबुआ भईल बारन दू पर दू बाईस के

जबसे बबुआ भईल बारन
दू पर दू बाईस के
तबसे बबुआ पहिन तारन
जीन्स लिवाईस के
ठेलत ठालत इ साहब
बी.ए. पास कईलन ह
आपन बाप मतारी के
नाम खास कईलन ह
आवते आवते आ गईलन ह
दिल्ली के बाज़ार में
कांपी-किताब खरीद खरीद के
शामिल भईलन हज़ार में
फोन-फान आ जूता-चश्मा
सौ रंग के बात ह
उजर पाईट उजर सौट
रंग बिरंगा बात ह
करे लागलन दिन पर दिन घरे
फोन फरमाईस के
जबसे बबुआ भईल बारन
दू पर दू बाईस के
तबसे बबुआ पहिन तारन
जीन्स लिवाईस के.


No comments: